आज दिनांक 02.03.2023 के समाचार - आपन देवरिया

 1. अपनी जिला देवरिया से एगो अजबे समाचार पढ़े के मिलल बा। भागलपुर विकास खंड की मुरासो गांव में सांप कटले से जवने 10 बरिसहा लइका के मुअल समझि के सरजू नदी में बहा देहल गइल रहे, उ 15 बरिस की बाद अपनी गांवे लउटल बा। जानतानी, इ लइका की लवटले से पूरा घर-गांव में खुसी के माहौल हो गइल बा।

भइल इ रहे कि लइका के सांप कटले पर ओकरी मुंह से गाज मने झाग निकले लागल...फेर उ सांत हो गइल। ओकरी बाद एक जाने डाक्टर ओ के मिरित घोसित क देहने। फेन परिवार के लोग ओ लइका के केरा की डमुआ पर सरजू जी में बहा देहल...बहत-बहत उ लइका एगो सपेरा के मिलल। फेर सपेरा की झाड़-फूंक से उ ठीक हो गइल। अउर 15 बरिस की बाद अब गांवे लवटल बा.....जय-जय हो....।  इ तनी पुरान समाचार ह...पर जल्दिए कोसिस कइल जाई की रउआं सब की सामने ताजा समाचार परोसल जाव.........जय-जय

2. सुनीं न घटतौली मामला में प्रतापपुर चीनी मिल पर देवरिया के डीएम 1 लाख के जुरमाना लगवले बाने। इ किसान हित में बा....आभार जिलाधिकारी महोदय।

3. बड़ी दुख के बात बा की देवरिया जिला में भी मिठाइयन में दुकानदार लोग, मिलावट करता.....एइसन मत करीं...महराज...इमानदारी से कमाईं, भले 2 पइसा महंगा ले लीं...अपने लोग-बाग ह......जय-जय।

4. खेती-किसानी मने कृषि मंतरी जी के कहनाम बा की भाजप लोग-बाग में विस्वास अउर बरोसा जगवले बा। सही बात बा....भाजप की कार्यकाल में देवरिया के भी अच्छा विकास भइल बा। सरकार कवनो रहे, विकास के प्राथमिकता देहल बहुत जरूरी बा। निष्पक्ष काम होखे के चाहीं....जय-जय।

5. ए आपन भाई-बहिनी- ना-ना इ एकदमे ठीक नइखे। आजकल बिना हेलमेट के बहुते लोग बाइक चलावता अउर उपर से 3 जने के बइठावता....इ गलत बात बा....नियमन के पालन करीं। जय-जय।

6.अपनी जिला देवरिया में कुछ मनबढ़ू लोग भी बा....मनबढ़ई से बचले के ताक बा। रउआं सब के न्यूज देस-दुनिया पढ़ि के का सोचत होई....सही काम करीं....वइसे भी मनबढ़ई करबि, त पुलिस त निपटबे करी रउआं से...जय-जय

7.योगी जी के सरकार बहुत सही तरीका से काम करता, तबो लोग डेरात नइखे अउर जमीन हड़पले के केतने मामला हमरियो जिला में आवता। जेतने में बानी, ओतने में खुस रहीं...हड़पे वाला काम छोड़ी महराज, ना त जवन राउर आपन बा, ओ हू से हाथ धोवे के परी....जय-जय।

8. बेटी बचाईं, बेटी पढ़ाई योजना की तहत काल्ह महर्षि देवरहा बाबा मेडिल कॉलेज में कन्या जन्मोत्सव कारिकरम मनावल गइल। इ अच्छा पहल बा। लइका-लइकी में अंतर करे हैवान, ए दुनु के दीं बराबर सनमान। जय-जय।

9. 3.90 लाख हमरी जिला की किसान लोंगी के सम्मान निधि मिली, 1.41 लाखि किसान लोग होई वंचित (ईकेवाईसी नइखे लोग करवले...तनि समय निकालि के करा लीं महराज..असकति ठीक नइखे)..प्रधानमंत्री किसान निधि के 13वीं किस्त...जय-जय

-----------------

आज नवे गो समाचार...जल्दिए....अउर भी बहुत कुछ पढ़े-जाने के मिली....जय-जय...जय देवरिया।

Comments

Popular posts from this blog

आज दिनांक 03.03.2023 के समाचार - आपन देवरिया

आज दिनांक 04.04.2023 के समाचार - आपन देवरिया