आज दिनांक 04.04.2023 के समाचार - आपन देवरिया
जय-जय सियाराम। जय देवरिया। अब रउआं बाबा गोपालपुरिया से अपनी जिला देउरियां की साथे-साथे कुछ जरूरी समाचार सुनीं।
1.
उत्तर प्रदेश जोगीजी सरकार द्वारा साल 2023-24 खातिर
गेहूं खरीद के समर्थन मूल्य घोसित क देहल गइल बा। 1 अपरइल से 15 जून ले गेहूं के
सरकारी खरीद 2125 रुपिया प्रति कुंटल की हिसाब से कइल जाई। पिछला साल 2015 रुपिया
की हिसाब से खरीदारी कइल गइल रहे। सब किसान लोगीं से चिरउरी बा की एकर लाभ उठावे
कातिर आपन पंजीयन करा लीं....1 मार्च से पंजीयन के काम सुरु हो गइल बा। इ पइसा
रउरी आधार से लिंक बैंक खाता में आई। जे धान खातिर पंजीयन करा ले ले बा, ओकरा फेन
से पंजीयन करावे के जरूरत नइखे। धेयान दीं, राउर बैंक खाता सक्रिय होखे के चाहीं। जय
देवरिया – जय किसान।
2.
अपनी देउरियां में बैंकन के कर्जा वसूली अउर मोटर
दुर्घटना प्रतिकर मामलन खातिर प्री-लिटिगेसन स्तर पर लोक अदालत लगावल जाई। एके सफल
बनवले में सहायता करीं।
3.
रसोई गैस की दाम में भइल बढ़ोत्तरी के ले के जनता में
गुस्सा साफ नजर आवता। पार्टी भी सरकार के घेर रहल बानीसन। समाजवादी युवजन सभा एकरा
खातिर देवरिया शहर में सुबास चउक पर धरना-प्रदर्शन कइलस। ए में महंगाई, भस्टाचार
आदि के भी मुद्दा उठावल गइल अउर राजपाल महोदय के संबोधित ज्ञापन सदर उप जिलाधिकारी
के संउपल गइल। सरकार के बढ़त महंगाई पर रोक लगावे के परयास करे के चाहीं। वइसे
हमार आपन विचार बा की समयानुसार चीजन के दाम त बढ़बे करेला पर सरकार के गरीब,
मजदूर, किसानन के धेयान में रखि के कवनो भी काम कइले के ताक बा। जय-जय।
4.
भाटपारी रानी से एगो समाचार आवता, आशा कार्यकर्ती लोग
रास्ट्रपति के संबोधित ज्ञापन तहसीलदार महोदय के सउंपल लोग। ए लोगन के 6 महीना से
मानदेय नइखे मिलल। सरकार के ए पर तुरंत धेयान देबे के चाहीं अउर मानदेय त समय पर
देबहीं के चाहीं।
5.
फगुआ एकदम्मे करीब आ गइल बा। पर अब कहां लोग फगुआ गावता।
सहर के त बतिए छोड़ दीं, गांवन में भी फगुआ के रंग अब पहिले जइसे नइखे रहि गइल। ना
केहू पारंपरिक फाग गावता, न फगुए मनावता। ए अनोखी परंपरा के जिआ के राखीं महराज। इ
अनुपम संस्कृति बा। गांव गांव में समती गड़ाए के चाहीं, रंग-अबीर की साथे-साथे
दुआरे-दुआरे फगुआ के आनंद पसरे के चाहीं।
6.
काल्ह माने सुक के अपनी जिला में अलग-अलग दुर्घटनन में 5
लोग काल की गाल में समा गइल अउर 6 जने घायल हो गइने। सलेमपुर, बरहज, रुदलपुर अउर
तरकुलवा आदि में इ घटना घटल। कंचनपुर अउर कोन्हवलिया (देवरिया-कसिया रोड पर) की
बीचे रतनपुरा की सोझे एगो पिकअप की रौंदले से बाइक सवार दु जने के मउत हो गइल।
भगवान ए लोगन की आत्मा के सांति दें। फेन से हम चिरउरी करबि की गाड़ी आराम से
चलाईं। हरबरी में गाड़ी मत चलाईं।
7.
रबिद्र किसोर साही स्टेडियम देवरिया में हाकी सब जूनियर
में 7 लइकिनियन के चयन भइल। ए सातों जने के बहुत-बहुत बधाई बा। अपनी देवरियाई
भाई-बहिन, काका-पितिया, बबा-दादा से चिरउरी करबि की लइकीनिन के खूब पढ़ाई-लिखाईं,
स्पोर्ट में भी नाव कमाए दीं। जय-जय।
सुनीं न, हम त बानी पुने
में। अउर कवनो पतरकार भी ना हईं। हं, अपनी गांव-दुआर, जिला-जवार से जुड़े रहे
खातिर रोजो ऑनलाइन कई सारा समाचार पतरन के खंगालेनीं अउर ओ ही आधार पर इ समाचार
रउआं सब के सुनावेनी। त ओ सब समाचार पतरन के धनबाद बा, जवन ऑनलाइन हमरी जिला के
समाचार हमरी लगे पहुंचावतानी सन। भगवान रउआं सब के भला करें, विसेसरूप से जय ‘हिन्दुस्तान’ जय-जय देवरिया।
आज एतने, फेन बिहने
मिलबी। एकदम निमने रहीं। गरमी भी बढ़ि रहल बा। लू भी चलल सुरु हो गइल बा। पानी-ओनी
खूब पीं अउर कपारे पर गमछा जरूर राखीं। सतुआ-ओतुआ के सेवन खूब करीं। सावधान रहीं।
आगि-ओगि एन्ने-ओन्ने न फेंकी। गरमी में आगि लगले के खतरा बढ़ि जाला अउर हं, गाड़ी
आराम से कंट्रोल में चलाईं। जय देवरिया।
Comments
Post a Comment