आज दिनांक 05.03.2023 के समाचार - आपन देवरिया

 जय-जय सियाराम। जय देवरिया। अब रउआं बाबा गोपालपुरिया से अपनी जिला देउरियां की साथे-साथे कुछ जरूरी ताजा समाचार सुनीं।

1.    काल्ह मने सनिचर की दिने जिलाधिकारी श्री जितेंद्र प्रताप सिंह अउर एसपी श्री संकल्प शर्मा की हाथों विकास भवन परिसर में एगो तीन दिनवाली परदर्सनी के उद्घाटन कइल गइल। इ परदर्सनी सूचना अउर जनसंपर्क विभाग द्वारा आयोजित कइल गइल रहे। ए परदर्सनी की माध्यम से विकास जोजनन के बतावे के परयास कइल गइल, जवन काफी सफल रहल।

2.    योगीजी सरकार किसानन की विकास के ले के बहुत अच्छा काम क रहल बिया। एगो नया पहल करत इ सरकार मोटा अनाजन खातिर स्टोर खोले वाला के अच्छा मदद देई। मोबाइल आउटलेट त संचालित होखबे करी मोटा अनाजन खातिर कई सहरन में स्टोर भी खोलल जाई। आप सब देवरियाई से चिरउरी बा की एकर पूरा लाभ उठाईं। जय देवरिया-जय किसान।

3.    अपनी देउरिया की बिसुनपुर कला की एगो विद्यालय से एगो खराब समाचार मिलल ह। इहां छात्र लोग के 2गो गुट आपस में मारपीट कइले बा। अरे भाई, तोह लोगन विद्यालय पढ़े जा तारSजा की मारपीट करे। अभिभावक लोगन के भी अपनी बचवन पर नजर रखले के ताक बा। बताईं मामूली विवाद के ले के, मारापीटी ठीक होला का??? इंतिहान चलता, अच्छा तरे पढ़ि के पेपर में अच्छा मार्क ले अइले पर धेयान होखे के चाहीं। जय देवरिया।

4.    दहेज के ले के उत्पीड़न कइल एकदम्मे ठीक ना होला। अपनी देवरिया में एइसन खबर सुनि के बहुते बुरा लागेला। बहुअन के सन्मान करीं महराज। कुशीनगर जिला की एगो लइकी के बिआह अपनी देवरिया में रामपुर कारखाना क्षेत्र में भइल बा। इ लइकी के शव फंदा से लटकल मिलल। मायका वाला सीधे ए के हत्या के आरोप लगवले बा अउर मामला दहेज उत्पीड़न के बा। खैर सुनीं, हम इ हे कहबि की एक त दहेज लीं मत, अगर लेबहीं के बा त बिआहे की पहिले ही तय-ओ क लीं...फेन बहु अइले पर ओके ताना मत मारीं न परेसान करीं...अब उ रउरी घर के ह।

5.    फगुआ में दुकान भी सजि गइल बानी सन। गुझिया-मठरी अब दुकानन पर भी खूब मिलता, पहिले इ कुल चीज घरहीं में मिले। अच्छा तरे मिलके होली के तिउहार मनाईं। जय-जय।

6.    बहुत खुसी के बात बा की हाईस्कूल अउर 12वीं के बोर्ड परीछा अच्छा तरे निभुक गइल। बचवन पर विसेस धेयान दीं, अच्छा तरे पढ़ाईं-लिखाईं। जय-जय।

7.    पथरदेवा ब्लाक की दुलारपट्टी ग्राम पंचायत से एगो समाचार बा। इहां प्रधान की उपचुनाव में गीता देवी जीतल बारी। उ श्री जगदीश यादव के 147 ओट से हरा देले बारी।

8.    शायद रउआं पता होई की भारतीय क्रिकेटर उमेश यादव अपनी देवरिया की रामपुर कारखाना की पोखरभिंडा लाला गांव के रहेवाला हउअन। उमेश यादव की बाबूजी की निधन पर पीएम मोदी जी पत्र लिखके सांत्वना देले बानीं। हमरियो ओर से श्रद्धांजलि।

9.    अपनी देवरिया से एगो बहुत इंसानियत के सरमसार करे वाली अति भयावह, दुखदाई समाचार आइल बा। रुदरपुर क्षेत्र में एगो सब्जी बेचेवाला के मारि के ओकर आंखि भी निकाल लेहल गइल। फेर एसिड डालिके ओकर सव भी जरावे के कोसिस कइल गइल। घोर निंदा वाला काम। प्रसासन के जल्द से जल्द हत्यारन के पकड़ि के कठोर से कठोर सजा देबे के चाहीं।

खखबर तनि हट के, दीनदयाल उपाध्याय विश्वविद्यालय से एगो लापरवाही वाली खबर सामने आवता। 5 मार्च के होखे वाला परीक्षा के पेपर इ लोग चारे मार्च के बांट देहल लोग। एलएलबी के 5वां सेमेस्टर के इंतिहान रहे। अब विश्वविद्यालय प्रसासन के एइसन गलती ना करें के चाहीं। जय-जय

सुनीं न, हम त बानी पुने में। अउर कवनो पतरकार भी ना हईं। हं, अपनी गांव-दुआर, जिला-जवार से जुड़े रहे खातिर रोजो ऑनलाइन कई सारा समाचार पतरन के खंगालेनीं अउर ओ ही आधार पर इ समाचार रउआं सब के सुनावेनी। ओ सब समाचार पतरन के धन्यवाद, विसेसरूप से हिन्दुस्तान

आज एतने, फेन बिहने मिलबी। एकदम निमने रहीं। जय देवरिया।

Comments

Popular posts from this blog

आज दिनांक 03.03.2023 के समाचार - आपन देवरिया

आज दिनांक 02.03.2023 के समाचार - आपन देवरिया

आज दिनांक 04.04.2023 के समाचार - आपन देवरिया