Posts

आज दिनांक 05.03.2023 के समाचार - आपन देवरिया

  जय-जय सियाराम। जय देवरिया। अब रउआं बाबा गोपालपुरिया से अपनी जिला देउरियां की साथे-साथे कुछ जरूरी ताजा समाचार सुनीं। 1.     काल्ह मने सनिचर की दिने जिलाधिकारी श्री जितेंद्र प्रताप सिंह अउर एसपी श्री संकल्प शर्मा की हाथों विकास भवन परिसर में एगो तीन दिनवाली परदर्सनी के उद्घाटन कइल गइल। इ परदर्सनी सूचना अउर जनसंपर्क विभाग द्वारा आयोजित कइल गइल रहे। ए परदर्सनी की माध्यम से विकास जोजनन के बतावे के परयास कइल गइल, जवन काफी सफल रहल। 2.     योगीजी सरकार किसानन की विकास के ले के बहुत अ च्छा काम क रहल बिया। एगो नया पहल करत इ सरकार मोटा अनाजन खातिर स्टोर खोले वाला के अच्छा मदद देई। मोबाइल आउटलेट त संचालित होखबे करी मोटा अनाजन खातिर कई सहरन में स्टोर भी खोलल जाई। आप सब देवरियाई से चिरउरी बा की एकर पूरा लाभ उठाईं। जय देवरिया-जय किसान। 3.     अपनी देउरिया की बिसुनपुर कला की एगो विद्या लय से एगो खराब समाचार मिलल ह। इहां छात्र लोग के 2गो गुट आपस में मारपीट कइले बा। अरे भाई, तोह लोगन विद्यालय पढ़े जा तार S जा की मारपीट करे। अभिभावक लोगन के भी अपनी बचवन पर नजर रखले के ताक बा। बताईं मामूली विवाद

आज दिनांक 04.04.2023 के समाचार - आपन देवरिया

  जय-जय सियाराम। जय देवरिया। अब रउआं बाबा गोपालपुरिया से अपनी जिला देउरियां की साथे-साथे कुछ जरूरी समाचार सुनीं। 1.       उत्तर प्रदेश जोगीजी सरकार द्वारा साल 2023-24 खातिर गेहूं खरीद के समर्थन मूल्य घोसित क देहल गइल बा। 1 अपरइल से 15 जून ले गेहूं के सरकारी खरीद 2125 रुपिया प्रति कुंटल की हिसाब से कइल जाई। पिछला साल 2015 रुपिया की हिसाब से खरीदारी कइल गइल रहे। सब किसान लोगीं से चिरउरी बा की एकर लाभ उठावे कातिर आपन पंजीयन करा लीं....1 मार्च से पंजीयन के काम सुरु हो गइल बा। इ पइसा रउरी आधार से लिंक बैंक खाता में आई। जे धान खातिर पंजीयन करा ले ले बा, ओकरा फेन से पंजीयन करावे के जरूरत नइखे। धेयान दीं, राउर बैंक खाता सक्रिय होखे के चाहीं। जय देवरिया – जय किसान। 2.       अपनी देउरियां में बैंकन के कर्जा वसूली अउर मोटर दुर्घटना प्रतिकर मामलन खातिर प्री-लिटिगेसन स्तर पर लोक अदालत लगावल जाई। एके सफल बनवले में सहायता करीं। 3.       रसोई गैस की दाम में भइल बढ़ोत्तरी के ले के जनता में गुस्सा साफ नजर आवता। पार्टी भी सरकार के घेर रहल बानीसन। समाजवादी युवजन सभा एकरा खातिर देवरिया शहर में सुब

आज दिनांक 03.03.2023 के समाचार - आपन देवरिया

 1. गरमी के मवसम सुरु हो गइल बा। आग से खेलवाड़ बिलकुल मत करीं। गरमी में जगहि-जगहि गांवन में आगि लागेला। त सावधान रहले के ताक बा। आग लगले पर दमकल विभाग के भी फोन जरूर करीं अउर पलानी-ओलानी की आस-पास में आगि-ओगी फेंकले से बचीं।  आज गौरीबाजार की बंसहिया गांव में आगि लगले से 3गो मवेसी झुलसि गइल बाने सन.....कपड़ा-लत्ता भी। जेकर घर जरल बा, ओकर कहनाम बा की केहू रंजिस बस जानि-बूझी के आग लगा देले रहल ह...देखीं दुस्मनी की चलते भी एइसन काम महापाप होला...महाभारत में देखीं...सांप करन से कहलसि की हमके तीरे पर चढ़ा के अरजुन की लगे भेजि द...हम उनके दंसि देइब...लेकिन करन एंगा ना कइलस...भीतरघात कबो ना करे के चाहीं...भले दुसम्ने काहें ना होखे....ना त भगवान कबो माफ ना करिहें। दुस्मन के नीचा देखावे के बा...मनई के गुन ह, त समय परले पर ओकर मदद क दीं....ओकर नजर अपनी आपे झुकी जाई....जय-जय। 2. सरकारी सामानन की चोरी से बचले के ताक बा। सरकार, अधिकारी लोग रउरिए बिकास खातिर काम करावता लोग, त मदद करीं न कि कहीं सड़कि आदि बने खातिर इंटा, गिट्टी, बालू धइल होखे, त ओ के उठा ले जाईं। काहें की आज एही तरे के एगो समाचार भटनी

आज दिनांक 02.03.2023 के समाचार - आपन देवरिया

 1. अपनी जिला देवरिया से एगो अजबे समाचार पढ़े के मिलल बा। भागलपुर विकास खंड की मुरासो गांव में सांप कटले से जवने 10 बरिसहा लइका के मुअल समझि के सरजू नदी में बहा देहल गइल रहे, उ 15 बरिस की बाद अपनी गांवे लउटल बा। जानतानी, इ लइका की लवटले से पूरा घर-गांव में खुसी के माहौल हो गइल बा। भइल इ रहे कि लइका के सांप कटले पर ओकरी मुंह से गाज मने झाग निकले लागल...फेर उ सांत हो गइल। ओकरी बाद एक जाने डाक्टर ओ के मिरित घोसित क देहने। फेन परिवार के लोग ओ लइका के केरा की डमुआ पर सरजू जी में बहा देहल...बहत-बहत उ लइका एगो सपेरा के मिलल। फेर सपेरा की झाड़-फूंक से उ ठीक हो गइल। अउर 15 बरिस की बाद अब गांवे लवटल बा.....जय-जय हो....।  इ तनी पुरान समाचार ह...पर जल्दिए कोसिस कइल जाई की रउआं सब की सामने ताजा समाचार परोसल जाव.........जय-जय 2. सुनीं न घटतौली मामला में प्रतापपुर चीनी मिल पर देवरिया के डीएम 1 लाख के जुरमाना लगवले बाने। इ किसान हित में बा....आभार जिलाधिकारी महोदय। 3. बड़ी दुख के बात बा की देवरिया जिला में भी मिठाइयन में दुकानदार लोग, मिलावट करता.....एइसन मत करीं...महराज...इमानदारी से कमाईं, भले 2 पइस

आपन देवरिया - देवरिया की बारे में सबकुछ

राम-राम। आपन देवरिया। रोज घुमी देवरिया। रोज समाचार। बात-विचार, बतकही। खान-पान। धरम-करम। देवरिया की बारे में सबकुछ...अउर उहो अपनी माईभाखा, देउरिया की भाखा...भोजपुरी में। जुड़ी...आभार।